मोदी सरकार का खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव ले आई कांग्रेस
-

नयी दिल्ली, 17 जुलाई (वार्ता). कांग्रेस का तरफ से आजु कहल गइल कि बुध का दिन से शुरू होखे जात संसद के मानसून सत्र में मोदी सरकार का खिलाफ ऊ अविश्वास प्रस्ताव ले के आई आ एह प्रस्ताव का साथे नाहियो त एक दर्जन गोल तइयारो हो गइल बाड़ी सँ आ कुछ अउरी गोलन के जोड़े के कोशिश कइल जा रहल बा.
राज्यसभा में विपक्ष के नेता गुलाम नबी आजाद आ लोकसभा में कांग्रेस के नेता मल्लिकार्जुन खड़गे आजु मंगल का दिने कांग्रेस मुख्यालय में बोलावल संवाददाता सम्मेलन एकर जानकारी दिहलें.
कांग्रेस नेतन के कहना रहल कि मोदी सरकार सगरी मामिला में फेल हो गइल बिया आ एह अविश्वास प्रस्ताव पर चर्चा करत में सगरी मुद्दन पर बड़हन चर्चा कइल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts