मोहिनी घोष के रेज़ा
-

MohiniGhoshहालही मे रिलीज़ भइल “दिल हो गइल कुर्बान” से चरचा में आइल अभिनेत्री मिस कोलकाता मोहिनी घोष जल्दिए भोजपुरी फिलिम “रेज़ा” में नजर आवे वाला बाड़ी. गोपाल भाई पटेल के बनावल आ अजय झा निर्देशित एह फिलिम में उनुका सोझा होखीहे अभिनेता मनोज दाँव. बाकी कलाकारन में दीपक भाटिया, निरुपमा श्री, देव सिंह, संजय वर्मा, हीरा यादव, आ आइटम डांसर सीमा सिंह के नाम खास बा. कार्यकारी निर्माता रवि प्रभाकर कन्हैया बतावत बाड़े कि एकर शूटिंग एही महीना बिहार के सीतामढ़ी में शुरू होखे जात बा.

जाने जोग बात बा कि बचपने से डांस के शौक़ीन रहल मोहिनी घोष के पहिलका फिलिम “दिल हो गइल कुर्बान” मे उनुका काम के सराहल गइल बा. मोहिनी पाँचे साल का उमिर से बंगला फिलिमन में काम करत बाड़ी आ मिस कोलकाता के खिताबो जीत चुकल बाड़ी. एकरा अलावे अनेके बंगला धारावाहिक आ फिलिमन में आपन हुनर देखा चुकल मोहिनी भोजपुरी सिनेमा में ले आवे के श्रेय भोजपुरी लोकगायिका आ कोलकाता में भोजपुरी के प्रचार प्रसार में जुटल ममता पाण्डेय के देली जिनका मार्गदर्शन में मोहिनी आपन पहिला भोजपुरी फिलिम कइली. बतावत बाड़ी कि रेज़ा के अलावा एगो अउर फिलिम जल्दिए फ्लोर पर जाए वाली बा.


(उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts