यश बन गइलन अंजना के दिलदार सावरिया

Akshara-Yash-DildaarSanwariyaसिनेमा भोजपुरी के गरम लिट्टी कहात अभिनेत्री अंजना सिंह के आखिरकार उनकर दिलदार सावरिया भेंटाइए गइल. आ अंजना के ई दिलदार सावरिया बनल बाड़ें नवोदित अभिनेता यश कुमार मिश्रा. सगरी बड़का स्टारन संगे काम कर चुकल अंजना सिंह अपना एह दिलदार सावरिया के तारीफ़ करत कहत बाड़ी कि यश में एगो बढ़िया अभिनेता के सगरी गुण मौजूद बा.

तन्वी मल्टीमीडिया के बैनर तले दीपक शाह के बनावल आ विशाल वर्मा के निर्देशित कइल एह फिलिम “दिलदार सावरिया” में अंजना आ यश के रोमांटिक जोड़ी बा. फिलिम के शूटिंग हाल ही में पूरा भइल बा आ अब पोस्ट प्रोडक्शन के काम लागल बा. यश के तारीफ निर्देशक विशालो वर्मा करत बाड़े. उनकरो कहना बा कि यश खाली रोमांटिके सीन में ना बलुक एक्शनो सीन में जान डाल दिहले बाड़न. देख के लागते नइखे कि ई उनकर पहिलका फिलिम ह.

यश के कहना बा कि फिलिमन में आवे से पहिले ऊ अभिनय आ नृत्य के बाकायदा प्रशिक्षण लिहलें. यश एहू बात ला खुश बाड़ें कि उनकर पहिलका फिलिम रिलीज होखे से पहिलहीं उनुका अउरी फिलिमन के आफर मिले लागल बा.

गीतकार से संगीत निर्देशन में उतरल विनय बिहारी के संगीत आ गीत दुनु बहुते नीक लागे वाला बनल बा. कहानी लेखक एस . के . चौहान, एक्शन निर्देशक वेंकट, आ कैमरामैन सी. जगन हउवें. मुख्य कलाकारन में मशहूर खलनायक संजय पाण्डेय, आलोक यादव, सोम भूषण, मानवेन्द्र त्रिपाठी, ज़फर खान, नीलिमा सिंह, सोनिया मिश्रा, रितु सिंह, धर्मेन्द्र, उमाकांत, जैकी, अउर संजय वर्मा बाड़ें. आयटम डांस शिल्पी शुक्ल आ मल्लिका शाह पर फिलिमावल गइल बा.


(उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..