यूपी से राज्यसभा सीट के चुनाव करावहीं के पड़ी
-

उत्तर प्रदेश से राज्यसभा के 11सीट के चुनाव में 12 जने के परचा सही मिलला आ कवनो नाम वापिस ना भइला से तय हो गइल कि अब वोटिंग करावहीं के पड़ी. कांग्रेस का टिकट पर उमीदवार बनल कपिल सिब्बल का सोझा विकट समस्या आ गइल बा काहे कि जितावा जोग वोट कांग्रेस का लगे नइखे आ दोसरा का वोटन को भरोसे कांग्रेस उनका के खड़ा करवले रहुवे. बाकिर एन मौका पर भाजपा के दांव कपिल के राह मुश्किल करा दिहलसि. वोटिंग 11 जून के करावल जाई अब.

अइसने हाल विधान परिषदो के चुनाव में बन गइल बा. 13 सीट खातिर 14 गो उमीदवारन के मैदान में बनल रहला का चलते ओकरो चुनाव 10 जून के करावल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts