रवि किशन बनले रेडियो मिर्ची भोजपुरी के ब्रांड अम्बेसडर
-

भोजपुरिया फिलिमन के सदाबहार अभिनेता रविकिशन के “रेडियो मिर्ची भोजपुरी” आपन ब्राण्ड अम्बेसडर बनवले बा. एफएम बैण्ड रेडियो के ई चैनल ९८.३ एफ.एम पर प्रसारित होखी जवना के श्रोता अपना मोबाइलो पर नाम मात्र के शुल्क अदा कर के चौबीसो घंटा सुन सकीहें. ह बियफे का दिने रविकिशन रेडियो मिर्ची भोजपुरी के शुभारंभो कइले जवन कि रेडियो मिर्ची का मुख्यालय में आयोजित भइल.

रवि किशन के कहना बा कि भोजपुरी टीवी चैनल जइसे दर्शकन के आपन दिवाना बनवले बा ओही तरह रेडियो मिर्ची भोजपुरीओ श्रोता लोग के भरपूर मनोरंजन करी. शुरुआत में त मोबाइल पर सुने के सुविधा खाली भारते में दिहल जाई बाकिर इन्तजाम कइल जा रहल बा कि दुनिया भर के लोग अपना मोबाइल पर एह सुविधा के लाभ उठा पावसु.

एहिजा एह बात के जिक्र कइल जा सकेला कि रवि किशन के लोकप्रियता देखत अराइज, डाबर समेत दू दर्जन कंपनी उनुका के आपन ब्रांश अंबेसडर बनवले बाड़ी स आ हिन्दी क्षेत्र में उनुका के अपना ब्रांड के प्रमोशन खातिर नेवतत रहेली सँ.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts