राकेश मिश्रा के भाव चढ़ल बा आजुकाल्हु

Rakesh-Rani
अपना पहिलके फिलिम ‘प्रेम दीवानी’ से सफल नायकन में शुमार हो चुकल लोकगायक अभिनेता राकेश मिश्रा बहुते डिमांड में बाड़ें एह घरी. राकेश मिश्रा लगातार बड़हन निर्माता निर्देशकन के फिलिम में चलत बाड़न. राकेश के ‘दीवानगी हद से’ प्रदर्शन ला तइयार हो गइल बा. एहमें राकेश मिश्रा के नायिका बाड़ी मोनालिसा.

राकेश मिश्रा विनय बिहारी के निर्देशन में बनत फिलिम ‘जय मेहरारू जय ससुरारी’ में स्टार अभिनेत्री रानी चटर्जी का साथे नजर अइहें. ‘एक लैला तीन छैला’ फिलिमो में राकेश नजर आवे वाला बाड़न. हाल ही में रामाकांत प्रसाद के निर्देशन में ‘जब प्यार किया तो डरना क्या’ के शूटिंग पूरा कइले ह राकेश आ अब ‘मधुबाला’ के शूटिंग करे में लागल बाड़न.

निर्माता अभय सिन्हा के तीन गो फिलिमन ला साईन भइल राकेश के कहना बा कि हम सुपरस्टार नइखी बनल चाहत, हम त बस देखेवालन के दुलरुआ बनल चाहत बानी.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।