"राखेला शान भोजपुरिया जवान" के मुहूर्त भइल

भोजपुरी फिल्म निर्माण में तेजी से उभरल कंपनी मिथिला टाकिज के पँचवी भोजपुरी फिल्म “राखेला शान भोजपुरिया जवान” के संगीतमय मुहूर्त पिछला दिने शान से करावल गइल. एह मौका पर प्रसिद्ध लोकगायक आ भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह अपने संगीत से सजल गीत अपने गा के फिल्म के शुरूआत कइलन.

“राखेला शान भोजपुरिया जवान” के खासियत बा कि एह फिल्म से पवन सिंह संगीत निर्देशन कइल शुरू कइले बाड़न. फिल्म के शूटिंग मई माह में शुरू होखी.


(उदय भगत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *