भोजपुरी सिनेमा के चर्चित निर्माता-निर्देशक रामाकांत प्रसाद के जादू एह घरी भोजपुरिया दर्शकन के मूड़ी चढ़ल बा. हिट पर हिट फिल्म देबे वाला निर्माता-निर्देशक रामाकांत प्रसाद के ‘जान तेरे नाम’ बिहार के कईएक सिनेमा घरन में शानदार पचासवाँ दिन मनावे का ओर बढ़ल जात बा. बतावल जात बा कि बिहार में एह फिल्म के व्यवसाय करोड़न के भइल बा आ ई अबले के सबले बड़हन हिट फिल्म बन गइल बावे.
एह फिल्म में खेसारी लाल यादव आ विराज भट्ट के प्रमुख भूमिका बा. ‘लागल रह राजा जी, दीवाना, दाग, दिलजले, बारूद, लड़ाई लऽ अंखिया….,’ जइसन सुपरहिट फिलिम दे चुकल रामाकांत प्रसाद के अगिलका फिल्म हवे ‘जानवर’.
(प्रशांत निशांत के रपट)
keep it sir ji
sir i am from gorakhpur i want to meet to u sir plz give me a chance to meet u