राष्ट्रमण्डल खेल में पदक के सैकड़ा पार कइलसि हिन्दुस्तान


India won 101 medals in the Commonwealth Games, concluded yesterday, held at Delhi. This is the largest tally of medals won by India in any international sports event. To further make Indians proud, it was placed second in the medals tally, displacing England to third position. Though it won the silver in men’s hockey, Austrila thrashed it to 8-0. This too is the worst ever defeat of India.

काल्हु खतम भइल राष्ट्रमण्डल खेलन में भारत पदक के सैकड़ा पार कर लिहलसि आ कुल मिला के १०१ पदक जीत लिहलसि. पदक तालिका में भारत के दुसरका जगहा मिलल काहे कि ऊ ३८ गो स्वर्ण पदक जीतलसि जबकि इंगलैण्ड के सैंतीसे गो स्वर्ण पदक मिल पावल. कुल पदक मिला के इंगलैण्ड के १४२ पदक मिलल.

सब कुछ बढ़िया रहला का बावजूद काल्हु का हॉकी फाइनल में आस्ट्रेलिया से आठ गोल बनाम शून्य से हार भारत के अबतक के सबले बड़ हार रहल. संतोष अतने के रहल कि राष्ट्रमण्डल खेल में भारत पहिला बेर हॉकी में कवनो पदक जीतलसि.

राष्ट्रमण्डल खेल के उद्घाटन से लेके संचालन आ समापन तक सब कुछ बढ़िया रहल आ खेल शुरु होखे से पहिले जवन फिजां बनल रहुवे कि पता ना कइसे खेल हो पइहें सँ, गलत साबित हो गइल. अब एह निमना के दावेदारी के झगड़ा शुरु हो गइल बा.

भोजपुरी में कहल जाला कि बरियरका के सार बने के लोग तयार रहेला बाकिर कमजोरका के बहनोईओ बनल ना चाहे.

0 Comments