राष्ट्रीय सहारा मनलस अंजना के नंबर वन

anjanaसिनेमा भोजपुरी के हॉट केक आ बॉक्स ऑफिस के रानी कहाए वाली अभिनेत्री अंजना सिंह के हासिल में एगो अउर हासिल जुड़ गइल जब राष्ट्रीय दैनिक समाचार पत्र अपना सर्वे में इनका के साल 2012 के नंबर वन अभिनेत्री मनलस. एही समूह के टीवी चैनलो उनुका के दुसरका जगहा पर रखलसि. बस दुइए बरीस में फर्श से अर्श पर पहुचल ई अभिनेत्री हाल ही में अपना फिलिमन के सिल्वर जुबली पूरवली.

राष्ट्रीय सहारा अपना नयका विशेषांक में सिनेमा भोजपुरी के लेखा जोखा प्रकाशित कइलस जवना में अंजना सिंह के साल 2012 के सबले हिट अभिनेत्री कहल गइल बा. अभिनेतन में ई खिताब मिलल बा खेसारी लाल यादव के.

एही समूह के टी वी चैनल सहारा समय बिहार पाखी हेगड़े को नंबर वन आ अंजना सिंह को नंबर टू बतवलसि. अभिनेतन में दिनेश लाल यादव निरहुआ के नंबर वन आ खेसारी लाल के नंबर टू मनलस.

अभिनेत्री अंजना सिंह खुश बाड़ी कि अब समाचारो पत्र उनुका के प्रमुखता देबे लागल बाड़ें. एह नंबर गेम के खारिज करत अंजना सिंह कहली कि पाखी हेगड़े, रानी चटर्जी आ मोनालिसा उनका से सीनियर आ उम्दा कलाकार हईं आ रहीहें. ओह लोग से हमेशा कुछ ना कुछ सीखे के मिलत रहेला.


(उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..