राहुल के शाहजादा कहला पर भड़कल कांग्रेस

नयी दिल्ली. 26 अक्टूबर (वार्ता के इनपुट में जोड़त) कांग्रेस एह बात ला बहुते नाराज बिया कि बेर बेर राहुल गाँधी के शाहजादा कह के काहे तंज कसल जात बा. एह बात पर धमकी जस देत कांग्रेस प्रवक्ता जनार्दन द्विवेदी कहलन कि ई बोलल त दू दिन में छोड़ावल जा सकेला बाकिर कांग्रेस कानून व्यवस्था के लिहाज क के चुपाइल बिया.

हालांकि खुद कांग्रेस के नेता लोग मोदी खातिर मौत के सौदागर, साँप, बिच्छू आ ना जाने का का कहत आइल बा. आ जब मोदी शाहजादा कहत बाड़े त बर्दाश्त नइखे होत. भाजपा सवालो कइले बिया कि कांग्रेसे बता देव कि राहुल के का कहल जाव.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..