‘‘लाल दुपट्टेवाली’’ के संगीत मुहुर्त


काशवी इंटरटेनमेंट के प्रस्तुति ‘‘लाल दुपट्टेवाली’’ के संगीत मुहुर्त पिछला दिने ट्रीनिटी रिकॉर्डिंग स्टूडियो में धूमधाम से कइल गइल. निर्मात्री मनोरमा सिंह आ निर्देशक शैलेश पाण्डेय के एह फिल्म में एक्शन स्टार विराज भट्ट, नवोदित रोहित सिंह, अंजना सिंह, संजय पाण्डेय, गोपाल राय, बंदिनी मिश्रा, सोनिया मिश्रा, प्रदीप, अजय शर्मा, अभिषेक सिंह, तडक शर्मा, रितु ढिल्लन, गीता आ महानायक कुणाल सिंह के खास भूमिका बा.

संगीतकार ओम झा, छायांकन करीहें प्रमोद पाण्डेय, नृत्यनिर्देशक कानू मुखर्जी हउवें. डीडी नेशनल के धारावाहिक “मंगलसूत्र” के रोहित सिंह एह फिल्म से पहिला बेर बड़का परदा पर नजर अइहन.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *