लोकपाल मुद्दा पर राहुल गाँधी फच्चर फँसवले.
-

आजु संसद में आपन लिखित बयान पढ़त राहुल गाँधी कहले कि अन्ना के धन्यवाद कि ऊ भ्रष्टाचार के मुद्दा के आगे ले अइले बाकिर उनुकर आन्दोलन देश के लोकतंत्र खातिर खतरनाक बा. दोसरे अकेले लोकपाल से कुछ ना हो सकी. जरुरत बा कि भ्रष्टाचार का खिलाफ कानूनो कड़ा बनावल जाव. राहुल के बयान का बाद पहिलही से अझूराइल मुद्दा अउरी अझूरा गइल काहे कि अब उनुका बयान का बाद कांग्रेस खातिर एगो दिशा निर्देश जइसन मिल गइल बा जवन अन्ना के आन्दोलन का खिलाफ बा आ पूरा मसला के अउरी अझूरा के राख देबे के षडयंत्र बा.

नई दिल्ली, 26 अगस्त (आईएएनएस). कांग्रेस महासचिव आ सांसद राहुल गांधी शुक का दिने लोकसभा में कहले कि सिर्फ लोकपाल विधेयक देश से भ्रष्टाचार ना मिटा सके. राहुल सुझाव दिहले कि लोकपाल संस्था के चुनाव आयोग जइसन संवैधानिक दर्जा दे दिहल जाव.

भ्रष्टाचार पर छिड़ल चरचा पर राहुल पहिला बेर आपन चुप्पी तूड़ले बाड़े. कहलन किलोकपाल विधेयक भ्रष्टाचार मेटावे का दिशा में मात्र एगो घटक भर हवे.

उनुका एह बयान पर सदन में विपक्ष शोरशराबा शुरू कर दिहलसि आ अपना सीट से खड़ा हो गइल. राहुल कुछ देर ले आपन वक्तव्य पढ़ल रोकले आ फेर कहले, “भ्रष्टाचार मेटावे के कवनो आसान समाधान नइखे.” कहलन कि देश से भ्रष्टाचार मेटावे खातिर मजबूत राजनीतिक इच्छाशक्ति के जरूरत बा.

राहुल इहो सुझाव दिहलन कि लोकपाल के निर्वाचन आयोग जइसन संवैधानिक दर्जा देबे के चाहीं. ऊ अन्ना के धन्यवाद दिहले कि भ्रष्टाचार के मुद्दा पर लोग के जगा दिहले.
(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts