लोकसभा चुनाव में विपक्ष के एका होखल तय : राहुल


बेंगलुरू 08 अप्रैल (वार्ता). कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी आजु दावा कइलन कि 2019 के लोकसभा चुनाव में भारतीय जनता पार्टी का खिलाफ विपक्षी गोलन के एका तय बा आ अगिला सरकार कांग्रेस गठबन्हन के सरकार होखी.
कर्नाटक विधानसभा चुनाव के मद्देनजर अपना चुनाव प्रचार के पहिला चरण के आखिरी दौर में राहुल गांधी एहिजा पत्रकारन से अनौपचारिक बातचीत में कहलन कि हर विपक्षी गोल के आपन एजेंडा बा बाकिर आखिर में सभे मिलजुल के भाजपा का खिलाफ लड़ाई खातिर तइयार हो जाई.
राहुल कहलन कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ भाजपा अध्यक्ष अमित शाह जनता का बीच जवना तरह के बोली बोलत बाड़ें ओकरा से इहे लागत बा कि एह लोग के सबुर खतम हो गइल बा. अपना बारे में राहुल के कहना रहल कि ऊ कबो कवनो नेता पर व्यक्तिगत हमले ना करसु.
कहलन कि कर्नाटक विधानसभा चुनाव विचारधारन के लड़ाई बा. भाजपा एह राज्य में नागपुर से चले वाली सरकार ले आवल चाहत बिया जबकि कांग्रेस के मनसा बा कि विकास का राह पर आगे बढ़ल जाव.
कांग्रेस अध्यक्ष पद स्हरला का बाद अपना पहिलका चुनाव प्रचार में उतरल राहुल गांधी कहलन कि कांग्रेस नवहियन के मौका देके बदलाव का दिशाईं आगे बढ़ल बिया. एह गोल के नीतियन के रूपरेखा कृषि अर्थव्यवस्था आ खास कर के किसानन के माली हातल के धेयान में राखत तइयार कइल जा रहल बा. एकरा अलावा लोगन खातिर सुलभ स्वास्थ्य सेवा मिले एकरो के अपना नीतियन में शामिल करत बिया कांग्रेस.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।