शराब बनावे के गैरकानूनी कारखाना मिलल

बक्सर जिला के बगेन थाना इलाका के मड़िया गाँव में मुरारी यादव का जमीन पर चलत शराब के एगो गैरकानूनी कारखाना पर पुलिस छापा मार के नाहियो त पचास लाख के मशीन आ सामान संगे गैरकानूनी रूप से बनावल शराबो बरामद कइलसि. पुलिस के देखते कारखाना चलावे वाला मजदूर भाग परइलें.

मुरारी यादव के जमीन लीज पर ले के भोजपुर जिला के जमीरा गाँव के भरत राय जमीन का उपर त आटा चक्की आ मुर्गी फार्म चलावत रहुवन बाकिर तहखाना का रास्ते नीचे शराब तइयार कइल जात रहुवे आ ओकरा के पाउचन में भर भर के दूर दूर ले सप्लाई कइल जात रहुवे.

0 Comments

Submit a Comment