शिवपुर दियर में दुधियन पर फायरिंग

एक हफ्ता पहिले शिवपुर दियर में दूगो नाव के नुकसान चहुँपावे वाला नौ गो दूधियन पर दलित उत्पीड़न के मुकदमा दर्ज भइल रहे. तबहिए से इलाका में दूधियन आ दलितन का बीच तनाव चलत बा. अतवार का रात शहर से दूध बेच के लवटत दूधियन पर शिचपुर दियर नंबरी में फायरिंग कर के दू जने के घवाहिल कर दिहल गइल. पुलिस एह मामिला में पाँच आदमी पर मुकदमा दर्ज कर लिहले बिया आ अब ओह लोग के पकड़े खातिर जहाँ तहाँ छापेमारी करत बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *