अयोध्या में 18 अक्टूबर का दिन होखे वाला विहिप के संकल्प सभा पर रोक लगवला आ अयोध्या के तगड़ा घेराबंदी कइला का बावजूद विहिप कार्यकर्ता बड़हन संख्या में कारसेवकपुरम चहुँप के संकल्प लेबे में सफल रहले.
खबर दबावे ला प्रशासन कारसेवकपुरम मे पत्रकारो लोग के ना जाए दिहलसि बाकिर लाउडस्पीकर पर संकल्प लेबे के आवाज बाहर साफे सुनात रहे.
एह दौरान विहिप के संगठन मंत्री पुरुषोत्तम नारायण सिंह कारसेवकपुरम मे चहुँपल कार्यकर्तन के राममंदिर निर्माण खातिर संकल्प दिअवले. बाद में उनुका समेत साठ लोग के गिरफ्तार कर लीहल गइल. संकल्प स्थल पर कु औरतो रहली बाकिर ओह लोग के गिरफ्तारी ना भइल.
मंदिर आंदोलन के केन्द्र रहल दिगम्बर अखाडा मंदिर से विहिप नेता राजेन्द्र सिंह पंकज के नेतृत्व मे करीब पचास लोग संकल्प लिहला का बाद आपन गिरफ्तारी दीहल. श्रीरामजन्मभूमि न्यास के अध्यक्ष महंत नृत्य गोपाल दास के उनका मंदिर मणिराम दास के छावनी से बाहर ना निकले दीहल गइल.
राज्य के अपर पुलिस महानिदेशक राजकुमार विश्वकर्मा बतवले कि गोरखपुर के सांसद योगी आदित्यनाथ समेत करीब 1500 लोग के अब ले गिरफ्तार कइल जा चुकल बा. सांसद योगी के गोण्डा टीसन पर गिरफ्तार कइल गइल. एहसे पहिले काल्हु मंत्री रहल लल्लू सिंह समेत चार सौ से अधिका लोग के गिरफतार कइल गइल रहे.
योगी आदित्यनाथ के गोण्डा में गिरफ्तारी का बाद कुछ देर डाक बंगला मे राखल रहे. योगी कहलन कि प्रदेश के सपा सरकार एगो खास समुदाय के खुश करे खातर संकल्प सभा पर बे जरूरत रोक लगवले बिया. एहसे सरकार के मुस्लिमपरस्त चेहरा आ हिंदू विरोधी मानसिकता सभका सोझा आ गइल बा.बाद मे भाजपा सांसद योगी आदित्य नाथ के साँज मे रिहा कर दीहल गइल.
(वार्ता)
0 Comments