संघ, विहिप आ बजरंग दल पर प्रतिबंध लगावे के माँग कइली मायावती

बसपा के जातीय सम्मेलनन के सही ठहरावत मायावती अतवार का दिने कहली को कोर्ट के लगावल रोक का बाद अब बसपा सर्वसमाज भाईचारा का नाम पर सम्मेलन कइल करी. कहली कि जाति सम्मेलन रोके से अधिका जरूरी विहिप, संघ, आ बजरंग दल जइसन संगठनन के रैली पर रोक लगावल बा जे धरम का नाम पर परदा का पाछा से राजनीति करेले.

मायावती के एह बात पर विरोध जतावत भाजपा के कहना बा कि अतना चाहत बाड़ी आ अपने समर्थन पर टिकल केन्द्र सरकार के मजबूर काहे नइखी कर देत.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *