संजय पाण्डे शुरु कइलें नया परम्परा

भोजपुरी सिनेमा में विलेन खातिर निर्धारित फ्रेम आ मान्यता के तूड़े वाला खलनायक हउवें संजय पाण्डे. उनका पर बाकायदा गाना शूट होला आ खलनायक होखला का बावजूद ऊ कमाल के डांस करेलें. फिल्मन में ऊ परम्परागत नायकन का तरह गावत नाचत दिखाई देलें.

Sanjay Pandey, Bhojpuria Villain

संजय पाण्डे पर गाना फिल्मावे के शुरुआत निर्माता निर्देशक राजकुमार आर पाण्डे अपना फिल्म देवरा बड़ा सतावेला से कइलें जवना में संजय पाण्डे आ शबनमश्री पर फिल्मवल गाना “रेल गड़िया चलावेला बलमुआ” के खास तौर पर संजय पाण्डे खातिर लिखावल गइल आ गुड्डू रंगीला का आवाज में रिकार्ड करावल गइल. गाना सुपर हिट भइल त एगो परम्परे बन गइल संजय पाण्डे पर गाना फिल्मावे के. राजकुमार पाण्डे अपना अगिलको फिल्म लहरिया लूटऽ ए राजा में संजय पाण्डे पर गाना फिल्मवलें. एह गाना में संजय पाण्डे का साथ रहली स्वाति वर्मा.

बाद में निर्देशक अरविंद चौबे अपना फिल्म आ जा ओढ़निया तान के में संजय पाण्डे आ तस्लीम का उपर गाना फिल्मवले. भोजपुरी सिनेमा में खलनायकन का गाना में बस आयटम सांग होली सँ आ खलनायक या त डाँस देखत होला भा इम्प्रेशन देला. बाकिर संजय पाण्डे पर कासे गाना शूट करावल जाला. एह तीनो गाना के कोरियोग्राफी संयोग से कानू मुखर्जीए कइले बाड़न. कानू मुखर्जी संजय पान्डे का तारीफ में कहेलें कि संजय जतना कमाल के खलनायक है ओतने कमाल का डांसो करता है.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।