- ग्रीस के करजा समस्या के कवनो हल अबही ले नइखे निकल पावल. आजु यूरोपीय संघ के वित्त मंत्री लोग फेरू एह समस्या के राह निकाले खातिर चरचा करी लोग. कोशिश बा कि ग्रीस के दू बरीस के मोहलत दे दीहल जाव करजा चुकावे खातिर. विश्व बैंक से लीहल करजा ना दे पावे वाला पहिलका देश हवे ग्रीस. एकरा पहिले विकासशील देशन का साथे अइसन समस्या आवत रहुवे. ग्रीस चाहत बिया कि ओकरा पर करजा चुकावे खातिर कड़ा शर्त मत लादल जाव जवन अबले दोसरा देशन पर लदात आइल बा. ग्रीस सरकार आपन फिजूलखर्ची जारी राखल चाहत बिया. जइसे चाहब तइसे जीएब, करजो ले के घीए पीएब.
- प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु दिल्ली में डिजिटल इंडिया सप्ताह के शुरूआत करीहें. एकर मकसद देश के डिजिटल रूप से सशक्त आ ज्ञान अर्थव्यवस्था बनावे के बा. एकर कार्यक्रम राजनीति-निरपेक्ष, विचारधारा-निरपेक्ष, आ केंद्र अउर राज्यन के बीच के अंतर्विरोधो से निरपेक्ष होखी. मकसद देश के लोग के जीवन सहज बनावल बा. गाँव आ शहर के बीच के डिजिटल फरक खतम करे के बा.
- पिछला सरकार में कोयला राज्य मंत्री रहल दसारी नारायण राव के कहना बा कि कोयला खंड आवंटित करे के फैसला तब के प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह लिहले रहलन आ ओह घरी कोयला मंत्रालय मनमोहने सिंह का लगे रहुवे.
- काल्हु अधरतिया से देश भर में पेट्रोल 31 पइसा आ डीजल 71 पइसा हर लीटर पर सस्ता हो गइल बा. एहीमें वैटो शामिल बा. विदेशी बाजार में कच्चा तेल का दाम में आइल गिरावट का चलते ई कमी कइले बाड़ी सँ तेल कंपनी.
- ईरान आ दुनिया के छह गो प्रमुख देश अंतरिम परमाणु समझौते के सात जुलाई ले बढ़ावे पर सहमत हो गइल बाड़न जेहसे कि आखिरी समझौता पर चहुँपे खातिर बातचीत के समय मिल सको. समझौता के समय सीमा काल्हुवे खतम होखे वाला रहुवे.
- पचास बरीसन से अधिका देरी का बाद आजु अमरीका आ क्यूबा आज एक दोसरा का राजधानियन में आपन दूतावास खोले के एलान करे वाला बाड़े. साल 1960 में क्यूबा पर अमेरिका के प्रतिबंध का बाद दुनू देश के राजनयिक नाता टूट गइल रहुवे.
- हॉकी वर्ल्ड लीग सेमीफाइनल्स में भारतीय महिला टीम क्वार्टर फाइनल में विश्व चैम्पियन नीदरलैंड्स के टीम से काल्हु रात बेल्जियम के एंटवर्प में 7गोल से हार गइल. भारत के टीम कवनो गोल ना कर पवलसि. भारत के पुरूष हॉकी टीम के मुकाबला आजु मलेशिया से होखे वाला बा.
- केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड का तरफ से जे ई ई मुख्य परीक्षा के रैंक जारी कर दीहल गइल बा. अब काउन्सलिंग के काम शुरु हो सकेला. रैंक देखे खातिर www.jeemain.nic.in भा cbseresults.nic.in पर जाईं.
- रेलगाड़ी रद्द भइला पर अब से कन्फर्म्ड भा आरएसी ई-टिकट के पइसा खुद ब खुद रउरा खाता में वापस हो जाइल करी. पहिले एकरा खातिर टीडीआर भरे के पड़त रहुवे आ देरी भइला पर कवनो रिफंड ना मिलत रहुवे.
- मौसम विभाग के कहना बा कि जून का महीना में देश में बरखा औसत से 16 फीसदी अधिका भइल बा. बाकिर जुलाई में 8 फीसदी आ अगस्त में 10 फीसदी बरखा कम होखे के अनेसो जतावल गइल बा.
- ललित मोदी के कइल काल्हु के ट्विट का बारे में सफाई देत वरुण गाँधी के कहना बा कि ललित मोदी से भेंट जरूर कइले रहुवन बाकिर कवनो तरह के सहायता देबे का बारे में कवनो सलाह ना दिहले रहुवन. ललित मोदी के कहना रहे कि वरूण कहले रहुवन कि उनुका चाची सोनिया गाँधी के एगो बहिन से बतियवला पर हल निकल सकेला. आ जब ललित सोनिया के बहिन से बतियवलन त ऊ 60 मिलियन डालर मंगले रहुवी सहायता करे खातिर. अब जब कहल जात बा कि सोनिया आ राहुल गाँधी ललिते मोदी से मामिला सलटावे खातिर विदेश गइल बा लोग त देखे के पड़ी कि आखीर में का होखत बा, कतना में सौदा पटत बा.
- सपा मुखिया मुलायम सिंह यादव के बेटा अखिलेश यादव के सरकार जगमोहन यादव के यूपी के नयका पुलिस महानिदेशक बनवले बिया. जगमोहन यादव 1983 बैच के आईपीएस अधिकारी हउवन आ सीबीसीआईडी (क्राइम ब्रांच, क्रिमिनल इन्वेस्टिगेशन डिपार्टमेंट) के पुलिस महानिदेशक रहलन. हालांकि एह पर ई कहला के जरुरत नइखे कि यूपी में यादव राज चलत बा.
- यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव काल्हु लखनऊ में एगो कार्यक्रम में कहलन कि यूपी में डायल 100 के दायरा बढ़ावल जाई आ एह पर फोन कइला के बीस मिनट के भीतर पुलिस मौका पर चहुँप जाई. काल्हु 1056 गो गाड़ी पुलिस विभाग के सँउपल कइल गइल आ अब हर थाना पर दूदू गो गाड़ी हो जाई.
- मथुरा के गोवर्धन परिक्रमा मार्ग के चारो ओर रिंग रोड बनावे पर यूपी सरकार विचार करत बिया. गोवर्धन नगर पंचायत के तहसील बना दीहल गइल बा आ मथुरा में टूरिस्ट फोर्स के गठन कइल गइल बा.
- यूपी पुलिस का तरफ से फरार चलत अपराधी रोहित सिंह उर्फ सनी सिंह के गिरफ्तारी करवला पर पचास हजार रूपिया के ईनाम घोषित कइल गइल बा. रोहित वाराणसी के लंका इलाका के माधो मार्केट के हउवे.
- मऊ जिला के घोसी कोतवाली इलाका के मझवारा बाजार में परसों रात एगो मकान में आग लगला का चलते एगो नन्हकी आ दू गो नन्हका, आ मरद मेहरारू समेत पाँच लोग के मौत हो गइल. रसोई गैस सिलिंडर में लीक से आग लागल रहुवे जवन देखते देखत पसर गउवे आ बचे बचावे के मौका ना मिलुवे.
- बिहार सरकार के ठेका में अबसे आधा ठेकेदारी अनुसूचित जाति, जनजाति, पिछड़ा, महापिछड़ा, अउर पिछड़ा वर्ग के मेहरारुवन के दीहल जाई. बिहार सरकार का नजर में अगड़ा वर्ग के मेहरारुवन के पिछड़ल ना मानल जा सके.
- मऊ आ देवरिया जिला के बीच आवाजाही सुगम बनावे खातिर बरहज का लगे घाघरा नदी पर बनावल पीपा पुल मंगल का दिने पानी के तेज बहाव का चलते टूट गइल आ 24 गो पीपा बह गइल. ओह पर सवार अठारह लोग तेरह घंटा ले नदी में बेसहारा बहत रहल. बाद में कुछ नाव वाले करीब 100 किलोमीटर आगे एह पीपन के रोक पवले आ एह लोग के सुरक्षित वापिस ले अइले.
- काल्हु आइल चुनाव परिणाम में तमिलनाडु विधानसभा के रामकृष्णनगर सीट से जयललिता डेढ़ लाख वोट से जीत गइली. केरल के अरुविक्कारा सीट पर जीत त मिलल सत्ताधारी गठबन्हन में कांग्रेस के बाकिर असल फायदा भाजपा के मिलत लउकल जवना के वोट पिछला चुनाव का मुकाबले दस गुना बढ़ गइल. मध्यप्रदेश के गरोठ से भाजपा, त्रिपुरा के प्रतापगढ़ आ सुरमा से माकपा, आ मेघालय के चोकपोट से कांग्रेस उम्मीदवार के जीत मिलल.
- लखनऊ से मंड़ुआडीह ले चले वाली कृषक एक्सप्रेस अब वाराणसी में खतम हो जाई आ ओहिजे से वापिस लवटल करी.
- छपरा से सोनपुर का बीच के नेशनल हाईवे बनावे में बाधा बनल सरकारी भा गैरसरकारी सगरी मकानन के तूड़े के फैसला कइले बावे प्रशासन. जान जाईं कि एह सड़क के चारलेन वाला बनावे का राह में करीब दू दर्जन सरकारी मकान आ बारह सौ गैरसरकारी मकान पड़त बा. गैरसरकारी मकान वाला करीब 900 लोग मुआविजा लिहला का बावजूद आपन मकान नइखे हटवले. अब प्रशासन ओहपर जेसीबी चला के सभका के धँसाभसा दी आ ओह मकानन के मालिकन से खरचो वसूली.
- जेल में बंद वइसन लोग के छोड़ देबे के फैसला लीहल गइल बा जे लोग अदालत से मिले वाला सजा में से आधा से अधिका समय विचाराधीन रह के काट लिहले बा. कई बेर मुकदमन के फैसला होखे में अतना देरी हो जाला कि आरोपी अपना के मिले वाला सजा से अधिका समय जेल में विचाराधीन रूप से काट लेबेला. छपरा जेल से दाउदपुर के संतोष नट के रिहा कर के छपरा में एकर शुरुआत होखे वाला बा.
0 Comments