‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ के प्रमोशन सगरी बिहार में जोर शोर से

SajnaMangiya-publicity
ढेर दिन बाद ‘यू’ सर्टिफिकेट पावे वाला भोजपुरी फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ के प्रमोशन सगरी बिहार में जोर शोर से कइल जा रहल बा.

एह पारिवारिक आ महिला प्रधान फिलिम का बारे में लोगन के बतावत फिलिम के प्रचार गाड़ी सगरी बिहार में फेरा लगावत बिया. फिलिम के प्रचार गाड़ी प लागल पोस्टर देख के लोग बहुते चाव से इन्तजार करे लागल बा फिलिम के रिलीज होखे के.

निर्माता हलचल सिंह के पूरा उमेद बा कि उनकर बनावल ई फिलिम भोजपुरी सिनेमा के दशा दिशा बदले के काम करी. ओम प्रकाश यादव (ओम जी) के कुशल निर्देशन से फिलिम बहुते बढ़िया बनल बा.

मुख्य कलाकार बाड़े अरविन्द अकेला ‘कल्लू’, नेहा श्री, रविराज दीपू, अर्चना सिंह, मनोज टाईगर, बालेश्वर सिंह, सी पी भट्ट, शफीक रंगरेज़, प्रीती सिंह, अमित कुमार, जावेद रहमान, उमेश सिंह, सुनीता शर्मा, चन्दन कश्यप, आ सुरेन्द्र पाल वगैरह.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।