सठिया गइल संसद

भारत के संसद आजु साठ साल के हो गइल आ एह मौका पर संसद के एगो खास बइठको भइल जवना में सगरी लोग खुशी जतावल कि भारत के लघु रूप भारत के संसद के आजु साठ साल पूरा हो गइल त कुछ लोग अफसोसो जतावल कि संसद सठिया गइल बिया. एहिजा सांसद वइसन आचरण नइखन करत जइसन उनुका करे के चाहीं.

दुनु सदन में अलग अलग चरचा का बाद सभका एकमत से एगो प्रस्तावो पास कइल गइल कि हमनी का अइसन काम करब जा कि संसद के गरिमा बनल रहे.

चिंता एह बाति के बा कि एहू प्रस्ताव के उहे हाल जनि होखे जवन दस साल पहिले बनावल आचार संहिता के भइल. ओकरो पर सभकर सहमति रहल बाकिर अगिलके दिन सेगरी सहमति बिसराए लागल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।