सवारियन के दूहे में लागल बिया रेल

एक त आरक्षण ला मारा मारी, तत्काल आरक्षण पर अधिका भाड़ा समेत रेल कई तरह से अपना सवारियन के दूहेले. हर बोगी में चार गो बर्थ आरएसी कोटा के रहेला जवना पर अबहीं ले एक बर्थ पर दू आदमी के आरएसी मिलत रहुवे. अब रेलवे भाड़ा त ओतने ली बाकिर एक सीट पर अब तीन सवारियन के आरएसी आरक्षण दिहल करी. कहल जात बा कि एह फैसला से हर रेलगाड़ी पर डेढ़ लाख रुपिया के अधिका आमदनी मिलल करी.

देखत जाईं कि रेलवे कहिया रिजर्व डिब्बा में खड़ा होखे के अनुमति दे के ओकर चार्ज लिहल शुरू करत बिया. कह दी कि अधिका भीड़ में अधिका से अधिका लोग के सुविधा देबे खातिर अइसन फैसला कइल गइल.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..