साउण्ड रिकार्डिस्ट के विधवा के फ्लैट दिहलन दुर्गा प्रसाद मजूमदार

साजिद नाडियाडवाला आ टी.पी. अग्रवाल दुर्गा प्रसाद मजूमदार के सम्मान दिहलन

Sonu_LallanSinghजानल मानल फिल्म फाइनेंसर आदि शक्ति इंटरटेनमेंट का ओर से पहिला बेर मनोरंजन उद्योग में एगो नया डेग उठावल गइल जब आदि शक्ति इंटरटेनमेट के और से साउण्ड रिकार्डिस्ट रहल स्व॰ लल्लन सिंह के विधवा सोनू लल्लन सिंह के मुंबई से सटले नालासोपारा में एगो फ्लैट दिहल गइल. पहिला बेर कवनो फिल्म निर्माता कवनो तकनीशियन के मरला का बाद ओकरा पत्नी के सिर छिपावे खातिर जगह दिहलसि.

एह समारोह में आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के दुर्गा प्रसाद मजूमदार के वेस्टर्न इंडिया मोशन पिक्चर्स एण्ड टेलीविजन साउण्ड इंजीनियर्स एसोसिएशयन का ओर से स्वागत कइल गइल. स्वागत कइलन फिल्म निर्माता आ एमपीटीपी के अध्यक्ष साजिद नाडियाडवाला अउर इंपा के अध्यक्ष टी.पी. अग्रवाल, साउण्ड इंजीनियर्स एसोसिएशन के अध्यक्ष बी.एन. तिवारी, आ महासचिव सुभाष साहू.

फ्लैट के चाभी लेत भाव विहवल सोनू लल्लन सिंह कहली कि दुर्गा प्रसाद मजूमदार के रूप में उनुका भगवान मिल गइलें. कामना कइली कि दुर्गा प्रसाद आ उनका कंपनी के दिन दूनी रात चौगुनी तरक्की होखे. सोनू सिंह कहली कि पति के मरला के बाद ऊ एकदम टूट गइल रही. अउरियो निर्माता लोग के एह तरह के बढ़िया काम करे के चाहीं. कहली कि भर जिनिगी उनकर पति किराया के मकान में रहलन. आजु का ना रहला पर दुर्गा प्रसाद मजूमदार का वजह से सोनू सिंह के छत मिल गइल.

जानल मानल साउण्ड रिकार्डिस्ट रहल लल्लन सिंह के निधन पिछला दिने एगो सड़क दुर्घटना में हो गइल रहुवे.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *