सीसीएल में भोजपुरी दबंग के लगातार दोसरकी जीत

11 रन से जीतल भोजपुरी दबंग

manoj-tiwari-against-keralaहैदराबाद के लालबहादुर स्टेडियम में केरला स्ट्रायकर आ भोजपुरी दबंग के मैच के फैसला बरखा होखला का चलते डकवर्थ लुईस के नियम से करे के पड़ल आ भोजपुरी दबंग के केरला स्ट्रायकर पर 11 रन से जीत मान लिहल गइल. एह लीग मैच में भोजपुरी दबंग के ई लगातार दोसरका जीत रहल.

पहले बल्लेबाजी करत भोजपुरी दबंग 20 ओवर के खेल में चार विकेट गवाँ के 167 रन बनवलसि. टॉस केरला टीम जीतले रहल आ ओकर कप्तान मोहनलाल गेंदबाजी करे के फैसला कइलें. ओपनिंग करे उतरल मनोज तिवारी मोहनलाल के फैसला के गलत साबित करत पहिलके ओवर मं छक्का मार के देखा दिहलन कि आजुओ उनकर टीम जीते उतरल बिया. मनोज तिवारी 17 बॉल पर 17 रन बनवलन. उदय तिवारी बेहतरीन शॉट लगावत ताबड़तोड़ 27 रन बनवलें त तीसरका बल्लेबाज के रूप में प्रवेशलाल 46 गेंद पर 51 रन के बेहतरीन पारी खेललें. अजय शर्मा के किस्मत खराब रहल कि उनुका के 33 रन पर आउट कर दिहल गइल. आखिरी ओवर में आइल उपकप्तान निरहुआ बिना खाता खोलले आउट हो गइलें. केरला क ओर से मदन लाल, गोपाल, विनेश, आ सुमेश एक-एक विकेट लिहलें.

बाद में खेले उतरल केरला स्ट्रायकर टीम 10.2 ओवर ले चार विकेट गवाँ के 73 रन बनवले रहल जब जोरदार बरखा का चलते आगे खेल ना हो पावल आ अंपायर लोग डकवर्थ लुईस के नियम अपनावत केरला स्ट्रायकर के 11 रन से हारल मान लिहलें.


(शशिकांत सिंह के भेजल संजय मिश्रा के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।