सुगना से शुरुआत कर रहल बाड़े आदित्य ओझा

भोजपुरी सिनेमा के ललक पढ़निहारो विद्यार्थियन के अपना ओर खींच रहल बा. आ आईएएस आईपीएस के तइयारियो में लागल विद्यार्थी एह आकर्षण से खींचा जात बाड़े. जइसे कि छपरा के आदित्य ओझा जे आईएएस के तइयारी करत करत फिल्म लाइन में आ गइलन आ अब उनुका के भोजपुरी फिल्म सुगना में मूख्य नायक का भूमिका में चर्चित अभिनेता राजीव दिनकर से दू दू हाथ करत देखल जा सकेला. निर्माता अजय ओझा के अपने निर्देशन में बनल फिल्म सुगना आजु भोजपुरी सिनेमा के सबले हॉट फिल्म बन गइल बा.

फिल्म में अजय ओझा आ राजीव दिनकर का अलावे नवोदित तारिका काजल राघवानी, कल्पना शाह, गोविंद खत्री, विजय सिंह, रंजीत सिहं, अभिषेक अरुण, दीपक तिवारी आ प्रमोद माउथो के खास भूमिका बा. ब्राउन आई इंटरटेनमेंट का बैनर में बनल एह फिल्म सुगना के शूटिंग छपरा आ मुंबई में करावल गइल बा.

एह फिल्म से अपना अभिनय कैरियर का शुरुआत का बारे में बतावत आदित्य ओझा कहलन कि जब निर्माता अजय ओझा से एह फिल्म के प्रस्ताव मिलल रहे त ऊ चँउक गइल रहले काहे कि ओह घरी ऊ आईएएस का तइयारी में लागल रहले. कहले कि तइयारी त ना छोड़नी बाकिर हनीफ भाई से एक्टिंग जरूर सीखे लगनी. राजीव दिनकर से डाँस करे के सीखनी आ अभिनय के बारीकियो. अभिनय प्रदीपो गुप्ता सीखवलन.

अपना भविष्य का बारे में आदित्य के कहना बा कि अगर आईएएस बनलन त अउर बाति बा बाकिर तबले अभिनय से प्रसिद्धि आ सफलता दुनु मिल रहल बा. एह फिल्म के शूटिंग देखे वालन के कहना बा कि आदित्य का रूप में भोजपुरी सिनेमा के एगो अउरी सुपर स्टार मिले जा रहल बा. एह फिल्म में आदित्य कमाल के डाँस, एक्शन, रोमांस, आ कॉमेडी सबकुछ कइले बाड़न. पकिया लागत बा कि ई फिल्म आदित्य खातिर सगुनिया साबित होखी.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments