हंसावत हंसावात पेट फुला दी ‘मोर्चाबन्दी’

भोजपुरी फिल्म ‘मोर्चाबन्दी’ से जुड़ल हर आदमी के कहना बा कि ई फिलिम देखे वालन के हंसा-हंसा के पेट फुला दी. लेखक-निर्देशक संजय श्रीवास्तव, फिल्म के नायक राजीव दिनकर आ मनोज टाईगर त डंका के चोट पर एह बात के दावा करत बाड़ें कि ई फिलिम देखेवालन के पाई पाई वसूल करा दी.

निर्मात्री गीता श्रीवास्तव के एह फिल्म ‘मोर्चाबन्दी’ के शूटिंग उत्तर प्रदेश के सुल्तानपुर में कइल गइल बा. रौनक क्रियेशन आ सिल्वर स्क्रीन क्रियेशन के बैनर तले बनल एह फिल्म में मनोज टाईगर आ राजीव दिनकर के अलावा श्री कनकनी, प्रीती अउर रंजीव वर्मा के मुख्य भूमिका बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..