'हो गईल बा तोहरा से प्यार सजनी' के मुहुर्त

finalपिछला दिने मुम्बई के “एम् ४ यु” स्टूडियो, लोखंडवाला में सिनेमा भोजपुरी के चर्चित शख्सियत हरीश जायसवाल अपना दोसरकी फिलिम “हो गईल बा तोहरा से प्यार सजनी” के मुहुर्त कइलन. एहसे पहिले ऊ विवादास्पद फिल्म “कजरा मोहब्बत वाला” बना चुकल बाड़न . एह मौका पर हरीश जायसवाल के कुछ करीबिओ लोग नदारद रहल. फिलिम के नाम मुहुर्त का दिने ना बतावल गइल काहे कि नाप पर कवनो एक राय बनत ना लउकल.

मुहूर्त का मौका पर अनेके जानल मानल हस्ती लोग मौजूद रहल.

हरीश जायसवाल एग फिलिम से अपना बेटा प्रणित जायसवाल के नायक बना के परदा पर उतारे जात बाड़ें. नवोदित अदाकारा दीपिका सिंह अपना खास भूमिका में आपन जलवा देखइहें एह फिलिम में. आज जब सिनेमा भोजपुरी के कुछ लोग साफ्ट पोर्न के रूप देबे में लागल बा, हरीश जायसवाल के अपना बेटा के ले के फिलिम बनावल एगो बढ़िया काम बा. बाप बेटा के जुड़ला से उमेद कइल जात बा कि एगो गंभीर फिलिम बनी.

हकीकत से प्रेम कइल आ सपना देखे से दूर रहे वाला हरीश जायसवाल भोजपुरी के यथार्थवादी निर्माता हउवें.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..