११ जुलाई से बिहार में धूम मचाई ‘रेजा’

MohiniGhosh
के .बी .इंटरप्राइजेज बैनर के फिलिम ‘रेजा’ ११ जुलाई के बिहार में रिलीज़ कइल जाई. निर्देशक अजय कुमार झा आ निर्माता कबीर भट्ट हउवें. एह फिलिम में मिस कोलकता रहल खूबसूरत मोहिनी घोष नजर अइहें. साथे रहीहें मनोज दाव, निरुपमा श्री, दीपक भाटिया, हीरा यादव, संजय वर्मा, देव सिंह, गंगा वर्मा वगैरह कलाकार.

आइटम सांग में सीमा सिंह अपना मजेदार ठुमका से लोगन के मनोरंजन करीहें. फिलिम के आठ गो गीतन के संगीत अमन श्लोक के बा. गीतकार अरविन्द तिवारी के एह गीतन के अपना आवाज़न से सजवले बाड़न उदित नारायण, मोहन राठोड़, इंदु सोनाली, पामेला जैन, मधुकर आनंद, अमन श्लोक, अउर निलेश उपाध्याय.

एह फिलिम में दर्शकन के एक्शन, रोमास, ड्रामा सब कुछ देखे के मिली.

निर्माता कबीर भट्ट, निर्देशक अजय कुमार झा, सह-निर्मात्री ज्योति भट्ट, लेखक बिट्टू सिंह, छायांकन नीतू इक़बाल के, फाइटमास्टर हीरा यादव, कोरिओग्राफर कानु मुखर्जी अउर महेश आचार्य हउवें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..