३० अप्रैल के रिलीज हो रहल बा प्यार बिना चैन कहाँ रे

एस आर इन्टरनेशनल आ सेवेन स्टार क्रिएशन्स का बैनर में बनल सामाजिक सरोकार वाली पारिवारिक फिल्म प्यार बिना चैन कहाँ रे ३० अप्रैल के रिलीज होखे जा रहल बा. एह फिल्म में एक्शन आ मनोरंजन का तड़का का बीचे भोजपुरी के सुपर स्टार पवन सिंह आ हसीन अदाकारा स्मृति सिन्हा के शानदार रोमांसो देखे के मिली.

अनंजय रघुराज के बनावल आ मनोज श्रीपति का निर्देशन में पवन सिंह, स्मृति सिन्हा, ललितेश झा, पंकज त्रिपाठी, आनन्द मोहन, संजीव झा, महक शुक्ला, नीलिमा सिंह, हरिशरण, सुनील बिहारी, अमरेन्द्र शर्मा, आ प्रवीण सिंह मुख्य कलाकारन में शामिल बाड़े. फिल्म के कर्णप्रिय गाना विनय बिहारी आ फणीन्द्र राव के लिखल बा जवना के संगीत से सजवले बाड़ै धनंजय मिश्रा. सह निर्माता छलिया श्रीवास्तव, कथा राकेश त्रिपाठी, आ कार्यकारी निर्माता जीतेन्द्र सुमन हउवें.


(स्रोत : उदय भगत, प्रशान्त निशान्त)

0 Comments