आजु दिल्ली में लागी भोजपुरियन के जमावड़ा
-

भोजपुरी के सबले बर सोशल साइट जय भोजपुरी डॉट कॉम के एक साल पूरा भइला का उपलक्ष्य में दिल्ली का आईटीओ स्थित राजेन्द् भवन में एगो कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल बा जवना में साइट के सदस्यन का अलावे दोसरो भोजपुरियन के शामिल होखे के उमेद बा.

कार्यक्रम साँझ चार बजे से शुरु होखी जवना में इन्टरनेट पर भोजपुरी का दखल विषय पर एगो परिचर्चा से शुरुआत होखी जवना में देश विदेश से आइल भोजपुरिया आपन विचार रखीहें. कार्यक्रम के समापन सांस्कृतिक कार्यक्रम से होखी जवना में भोजपुरी के नामचीन गायक आ जय भोजपुरी के कुछ सदस्यो शामिल होखिहें.

एह बात के जानकारी देत जय भोजपुरी के वरिष्ठ सदस्य मोंटू सिंह बतवले कि जय भोजपुरी एगो मंच ह जहवाँ लोग जाति धर्म आ इलाकाई भेदभाव भुला के भोजपुरी भाषा आ संस्कृति के बढ़न्ती का बारे में प्रयासरत रहेले.

स्रोत प्रेस विज्ञप्ति

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts