कांग्रेस आ भाजपा के खिलाफ एकजुट होखे के गोहार लगवलसि भाकपा
-

पटना 25 अक्टूबर (वार्ता) भाकपा.का और से पटना में आयोजित जनाक्रोश रैली में राष्ट्रीय महासचिव एस सुधाकर रेड्डी कांग्रेस आ भाजपा के गरीब विरोधी बतावत दुनु का खिलाफ लोग के एकजुट होखे के गोहार लगवले. कहलन कि दुनु के नीतियन में कवनो अंतर नइखे.

भाकपा महासचिव कहलन कि केन्द्र के संप्रग सरकार का लगे गरीबन के देबे ला पइसा नइखे बाकिर बड़का बड़का उद्योगपतियन के तरह तरह से मदद दीहल जात बा.

कहलन कि कांग्रेस राज में देश में आर्थिक संकट आ गइल बा जवना चलते बेरोजगारी आ महंगाई से निपट नइखे पावत सरकार.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts