केहु साथ चले मत चले हमरा त चलत जाए के बा – विश्वनाथ रामदास पाटिल
-

कॅन्सट्रक्शन बिजनेस मे जुडल जलगाँव के रहेवाला शांत आ सज्जन विश्वनाथ रामदास पाटिल अब भोजपुरी फिल्म निर्माता बन गइल बाड़ें. पिछला दिने अपना साक्षात्कार में जवन कहलें तवने क सारसंक्षेप एहिजा पेश बा. का अंश प्रस्तुत है।

महाराष्ट्र के जलगांव के रहे वाला विश्वनाथ पाटिल एन.एस.डी. के एगो कलाकार आ एगो फिल्म वितरक के राय पर प्रापर्टी डीलिंग आ भवननिर्माण का धंधा से भोजपुरी फिल्म निर्माण में उतरलें. ऊ दुनु दोस्त भोजपुरी सिनेमा से जुड़ल रहलें से विश्वनाथो पाटिल मराठी फिलिम ना बना के भोजपुरी फिलिम बनावल तय कइलें. बाकिर जब समय आइल त केहु साथ ना दिहल उहो दुनु जने ना जे एकर सलाह दिहले रहलें.

सिनेमा भोजपुरी के लोगन में बहुते धोखेबाज भरल बतावे वाला पाटिल के पहिला फिलिम “शेरनी” दशहरा ले रिलीज होखी जबकि दोसरकी फिलिम “साँवरिया तोसे लागी कैसी लगन” के शूटिंग अगिला महीना शुरु होखी. एकाध गो हिन्दीओ फिलिम के योजना पर काम चलावत बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts