जम्मू से चउथका जत्था रवाना, अमरनाथ यात्रा बहाल
-


जम्मू 01 जुलाई (वार्ता) जम्मू के भगवती नगर यात्री निवास आधार शिविर से आजु अतवार का दिने 6877 श्रद्धालु पवित्र अमरनाथ गुफा जाए ला रवाना भइलें. आधिकारिक सूत्र बतवलें कि श्रद्धालुअन के जत्था 229 गो वाहन से कड़ा सुरक्षा का साथे अमरनाथ यात्रा खातिर रवाना भइलें. एह जत्था में 5198 गो मरद, 1429 गो औरत, 229 गो साधु आ 21 गो साध्वी शामिल बाड़ी.
जाने जोग बा कि भारी बरखा का चलते बीच में शुक आ शनुचर का दिने अमरनाथ यात्रा स्थगित क दीहल गइल रहुवे. अब मौसम के सुधार देखत पारंपरिक नुनवान पहलगाम सड़क से यात्रा के अनुमति दे दीहल गइल बा आ बालटाल मार्ग से यात्रा खातिर अनुमति देबे के फैसला बाद में लीहल जाई.
आधिकारिक सूत्र बतवलें कि मौसम में सुधार भइला का बाद हेलीकाप्टरो सेवा बहाल कर दीहल गइल बा.
एह 28 जून से शुरू भइल अमरनाथ यात्रा में अबलो करीब छबीस सौ श्रद्धालु पवित्र गुफा में बाबा बर्फानी के दर्शन कर चुकल बाड़ें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts