जुबली स्टार निरहुआ के जादू
-

भोजपुरी फिलिमन के जुबिली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ के जादू हरमेसा बॉक्स ऑफिस पर चढ़के बोलेला. आ ई जादू दिन-ब-दिन बढ़ले जात बा. एह साल निरहुआ के अबले “आखिरी रास्ता” आ “दिलजले” सुपरहिट रहली सँ ओहिजे उनुकर होम प्रोडक्शन फिल्म “औलाद” यू. पी. में पचासवां दिन मनवला का बाद अबही बिहार के दू दर्जन से अधिका सिनेमाघरन में सफलता से छठवाँ हफ्ता में चलत बिया. “औलाद” के रूप में एगो संपूर्ण पारिवारिक मनोरंजक फिल्म दर्शकन के तोहफा बन के मिलल बा. “औलाद” के प्रदर्शन बिहार में रमजान में भइल रहे. अब एकरा के निरहुआ के जादूए कहीं कि रमजान के होतो इ बॉडीगार्ड जइसब बड़हन फिल्म के सोझो ई सफल रहले आ साल के बड़हन हिट फिल्म साबित भइल.

पाँच साल से लगातार भोजपुरी के नं. 1 नायक निरहुआ के नया फिलिम “निरहुआ मेल” जल्दिये रिलीज होई.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

1 Comment

  1. RAJESH

    THAKYOU

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts