टी.वी. शो आ पार्श्व गायन में व्यस्त ममता राउत
-

भोजपुरी के सबले बड़हन रियलिटी शो ‘सुर-संग्राम’ के उपविजेता रहल चर्चित पार्श्व गायिका ममता राउत रोज नया नया कामयाबी हासिल करत जात बाड़ी, फिल्म ‘पियवा बड़ा सतावेला’ के सुपर हिट गीत ‘झाड़ू पोछा करब नाही…’ से ममता राउत अपना पार्श्व गायन के शुरुआत कइले रही. गाना स्टार हिरोईन रानी चटर्जी पर फिल्मावल रहे आ एह गाना से ममता राउत के बहुते लोकप्रियता मिलल.

अब दूरदर्शन पर प्रसारित होखत टी.वी. शो ‘भारत की शान’ के गायन प्रतिस्पर्धा में ममता राउत लगातार तीन हफ्ता से ‘बेस्ट परफार्मर ऑफ़ डे’ रहल बाड़ी आ ई सिलसिला अबहियो जारी बा. शो के एकंर मनोज तिवारी आ जज इस्माईल दरबार अउर उषा उत्थप बाड़ी. ममता के मधुर आवाज़ के कायल सुनेवालन का साथे जजो लोग हो गइल बा.

अबहीं ले लगभग तीस गो फिलिमन में पार्श्वगायन कर चुकल ममता राउत हालही में महेश्वर फिल्म्स इंटरनेशल के बैनर में बने जात फिल्म ‘ग़ईलऽ पिया परदेश’ क टाईटल गीत के आपन आवाज़ दिहली. एह फिल्म के निर्माता नवीन झा अउर मनोज महेश्वर, संगीतकार बसंत पंडित, गीतकार नवीन झा आ रिकार्डिस्ट गोपाल चतुर्वेदी हउवें. ममता ‘निरहुआ” अभिनीत “इज्ज़त” फिलिमों में एगो गीत गवले बाड़ी जवना के बोल ह ‘बोलऽ खईबऽ कि करबऽ जियान ए राजा’. प्यारेलाल यादव के लिखल एह गीत के संगीत राजेश रजनीश दिहले बाड़न.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts