हिट होखे लायक सगरी मसाला बावे ‘कालिया’ में
-

मिस्टर रंगबाज हैदर काजमी अब ‘कालिया’ बन गइल बाड़ें आ एक बेर फेर भोजपुरी परदा छाप लेबे के तइयारी में बाड़ें. एह बेर उनुकर अउरी रंगबाजी देखे के मिली. हैदर काजमी, अक्षरा सिंह अभिनीत आ निर्देशक शिवराम यादव के एह फिल्म ‘कालिया’ के प्रोमो ऑन एयर हो गइल बा आ फिलिमो जल्दिए रिलीज होखी. कहल जात बा कि एहमें फिल्म हिट करावे के सगरी मसाला सही अनुपात में बा. प्रोमो देखला का बाद लोग हैदर काजमी के ढेरहन बधाई दे रहल बा. फिल्म के संगीत नरजिस म्यूजिक जारी कइले बा आ गाना पहिलही से हिट हो गइल बाड़ी सँ.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts