दुसरका टेस्ट पहिलका दिन भारत भारी पड़ल
-

नॉटिंघम के ट्रेंटब्रिज मैदान में हो रहल दुसरका भारत आ इंगलैण्ड टेस्ट मैच के पहिलका दिने इंगलैण्ड के पूरा टीम २२१ रन बना के आउट हो गइल. भारत ओकरा बाद अपना पहिला पारी में एक विकेट का नुकसान पर २४ रन बनवलसि. आज खेल के दुसरका दिन ह. काल्हु का मैच में श्रीसंथ इंगलैण्ड के तीन गो खास बल्लेबाज, केविन पीटरसन, जोनाथन ट्रॉट, आ मैट्ट प्रायर, के आउट करा दिहलन. जहीर के चोटहिल होखला का चलते श्रीसंथ के एह टेस्ट में जगहा मिलल बा. ईशांत शर्मा आ प्रवीणो कुमार बहुते घातक गेंदबाजी कइलन.

आजु देखे के बा कि गेंदबाजन के मेहनत बल्लेबाज सफल करावत बाड़े कि बेकार बना देत बाड़े. अगर बल्लेबाजो गेंदबाजन नियर आपन करामात देखा पवले त क्रिकेट में भारत के बादशाहत बरकारर रहे के सोचल जा सकेला.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts