नरेन्द्र मोदी के खुला समर्थन कइले बिट्टा
-

आतंकवाद विरोधी दस्ता के अध्यक्ष एम एस बिट्टा गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के खुलेआम प्रशसा करत कहले बाड़न कि पंजाबो में कई गो फर्जी मुठभेड़ भइल रहुवे बाकिर अब ओहिजा शान्ति हो गइल बा. बिट्टा के कहना बा कि दबाव में कबो कबो पुलिसो से गलती हो जाले बाकिर ले दे गुजरात में आतकियन के चुन चुन के पकड़ल गइल बा. संगही संगे बिट्टा अपने पार्टी कांग्रेस के कपिल सिबनबल आ शीला दीक्षित पर आरोप लगवले बाड़े कि ई लोग आतंकियन के बचावे खतिर सोनिया गांधी पर दबाव डालेला. कपिल सिब्बल त बिट्टा पर हमला करे वाला आतंकी के महतारी के संगे ले के सोनिया गाँधी के लगे चहुँपल रहले कि ओकरा के माफ कर दिहल जाव.

एह तरह बिट्टा कांग्रेस के आतंकियन के रहनुमा आ नरेन्द्र मोदी के ओकनी के दुश्मन बतवले बाड़न. कुछ दिन पहिले एगो दोसर कांग्रेसी नेता मणिशंकर अय्यर अपना पार्टी के सर्कस बतवले रहले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts