पचास हजार रुपये के इनामी बदमाश मुठभेड मे गिरफ्तार
-

आजमगढ जिला के रौनापार इलाका मे आज भोर मे जनता के सहयोग लेके पुलिस 50 हजार रुपिया के इनामी अपराधी अमरजीत यादव के गिरफ्तार कर लिहलसि. हथिया के अमरजीत यादव के हेदराबाद बंधा का नियरा से गिरफ्तार कइल गइल जबकि ओकर तीन गो साथी परा गइलें. अमरजीत का खिलाफ लूट. डकैती आ हत्या के अनेके मामिला दर्ज बा.

गोरखपुर के बेलघाट थाना मे दर्ज एगो हत्या के मामिला में अमरजीत के पुलिस ढेरे दिन से खोजत रहुवे.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts