मुजफ्फरनगर दंगा का बाद से मुसलमान नाराज बाड़ें सपा से
-

उत्तर प्रदेश के राजनीति झकझोर के राख देबे वाला मुजफ्फरनगर दंगा समाजवादी पार्टी के मुश्किल बढा दिहले बा काहे कि सपा के मजबूत वोट बैंक मुसलमानन में बहुते नाराजगी लउकत बा सपा से. आगरा में भइल सपा के कार्यकारिणी में अनेके मुस्लिम नेता कहलन कि फोकट में लैपटाप बँटला का बजाय गरीबन के जान बचावे पर धेयान दिहल जाव. आजम खान के गैरमौजूदगी सपा के अलगे परेशान कर के रखले बा.

एही बीच मशहूर इस्लामिक संस्था दारुल उलूम देवबंद एह दंगा के जांच सीबीआई सें करवावे के मांग उठा के अखिलेश यादव सरकार के मुश्किल अउर बढा दिहले बा. शायद ई पहिला मौका बा जब देवबंद अइसनका मामिला के सीबीआई जांच करावे के मांग उठवले बा. दारुल उलूम के शिकायत बा कि मेरठ आ सहारनपुर मण्डलन मे रहे वाला मंत्री लोग दंगा पीड़ितन से ना त अपने भेंट कइलें ना अपना प्रतिनिधि के भेजलें.

एह दंगा से उपजल हालात देखे ला कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गॉधी आ उपाध्यक्ष राहुल गॉधी अगिला हफ्ता मुजफ्फरनगर जाई लोग.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts