सपा में आजम खाँ का खिलाफ मोर्चा खुलल
-

आगरा में भइल सपा कार्यकारिनी का बइठक में आजम खाँ के गैरहाजिर रहला का बाद अनेके सपा नेता उनका खिलाफ मोर्चा खोल दिहले बाड़न. मुलायम सिंह यादव के भाई प्रो॰ रामगोपाल यादव त इहाँ ले कह दिहलन कि अगर आजम खाँ के पद के गरिमा के ख्याल नइखे त उनुका इस्तीफा दे सकेलें. कहलन कि पार्टी से ऊपर केहू नइखे. उनुका बात के समर्थन करत राज्यसभा सदस्य नरेश अग्रवाल कहलन कि आजम खाँ के उचित मंच पर आपन बात राखे के चाहीं.

हालांकि मुलायम सिंह कहले कि आजम उनुका से कबो नाराज ना हो सकसु. कहलन कि हमनी का पुरान समाजवादी हईं सँ आ एक दुसरा के बढ़िया से जानीलें स.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts