पारिवारिक कलह से आजिज औरत अपना तीन गो बचवन समेत नदी में कूदल
-

छपरा 25 अक्टूबर (वार्ता) सारण जिला के तरैया इलाका के गवंदरी गांव के एगो औरत पारिवारिक कलह से आजिज आ के अपना तीन गो बचवन समेत नदी में कूद के जान दे दिहलसि.

पुलिस सूत्र बतवले कि गवंदरी गांव के सरस्वती देवी के अपना ससुराल वालन से कवनो बात पर विवाद रहुवे. एही चलते ओ ऊ एक साल से सात साल के अपना तीन गो बेटियन संगे सबेरे नदी में कूद गइल.

बाद में गोताखारन का मदद से औरत आ दू गो बचवन के लाश मिल गइल बाकिर एगो बेटी के लाश नइखे मिलल.

हादसा का समय सरस्वती देवी के पति घरे ना रहले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts