फुटबॉल विश्वकप से एगो नया महानायक बन के अइलें एमबापे
-


मास्को, 01 जुलाई (वार्ता). फुटबॉल के दू गो महानायकन – अर्जेंटीना के लियोनल मैसी अउर पुर्तगाल के क्रिस्टियानो रोनाल्डो – के फुटबॉल विश्व कप से निराशाजनक विदाई का बीच फ्रांस के 19 बरीस उमिर के किलियन एमबापे नया महानायक बन के उभरल बाड़ें.
एमबापे उनइसे बरीस का उमिर में ऊ हासिल कर देखवलें जवन रोनाल्डो भा मैसी विश्व कप में हासिल ना कर पवलें. एमबापे विश्व कप के नॉकऑउट दौर में गोल दागे में सफल रहलन जबकि रोनाल्डो भा मैसी के ई मौका ना मिलल.
आजु भइल खेल के दुसरका आध में एमबापे चार मिनट का अंतराल में दू गोलों दाग के अर्जेंटीना पर फ्रांस के 4-3 से जीते आ क्वार्टरफाइनल में जगह बनावे के मौका मिल गइल.
अबकी का विश्वकप में मैसी के अर्जेंटीना फ्रांस से हार के आ रोनाल्डो के पुर्तगाल उरुग्वे से हार के खिताबी दौड़ से बाहर हो जाए के पड़ल बा.
आजु के मैच में बाजी मार के 1998 के चैंपियन रहल फ्रांस अर्जेंटीना से मिलल दू गो हार के हिसाब चुका लिहलसि.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts