भोजपुरी परदा पर रिलीज खातिर तइयार ‘लावारिस’
-

समहर पारिवारिक फिल्म ‘लावारिस’ अब बन के तइयार बा रिलीज खातिर. आरोही फिल्मस के प्रस्तुत एह फिल्म में पवन सिंह ‘लावारिस’ का किरदार में बाड़न. निर्माता हउवें अजय सिन्हा आ नासिर जमाल, आ निर्देशक हउवें देव पाण्डेय.

फिल्म के शुटिंग हैदराबाद के रामोजीराव फिल्म सिटी में भइल बा आ शानदार एक्शन दक्षिण भारत के एक्शन मास्टर मार्शल रमन्ना के निर्देशन में भइल बा. लेखक विनय बिहारी, गीतकार अशोक कुमार दीप आ विनय बिहारी, संगीतकार अशोक कुमार दीप, छायांकन शकील अंसारी के, कला निर्देशक रतन शर्मा, कार्यकारी निर्माता अंजनीकांत श्रीवास्तव अउर कोरियोग्राफर पप्पु खन्ना हउवें.

कलाकारन में पवन सिंह, अंजना सिंह, गजेन्द्र चौहान, रवि उज्जैन, उर्वशी चौधरी, सत्येन्द्र सिंह, रानी चतुर्वेदी, नवोदित आकाश मुखर्जी, सुदेश कौल, सुर्या द्विवेदी, सी.पी. भट्ट, संजय वर्मा, अभय राय, रिया आ डांसिग क्वीन संभावना सेठ के प्रमुख भूमिका बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts