वकीलन का विरोध से कचहरी ठप्प
-

राज्य में साँझ गा लागे वाला अदालत का विरोध मे राज्य भर के वकील सात दिन के हड़ताल पर चल गइल बाड़न जवना चलते आजु कवनो अदालती काम ना हो पावल. ओह लोग के कहना बा कि जबले सरकार एह फैसला के वापिस नइखे ले लेत तबले ऊ लोग आपन विरोध करत रही. मामिला कचहरी आ वकीलन से जुड़ल बा एह से एह पर कुछूवो कहल ठीक ना रही. उजर कोट आ करिया कोट वालन से नाहिये अझूराये के चाहीं. उजरका कोट वालन से त लोग कबो कबो अझूराइयो जाला बाकिर करियका कोट से सभे डेराला. साँप का बियर में हाथ के डालो ?

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts