विकास के नया मापदण्ड बनावे के बाति कहले नीतीश

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार काल्हु समाज कल्याण विभाग का ओर से पटना में आयोजित एगो कार्यक्रम में एह बाति के जरुरत बतवले कि विकास के सही मापदण्ड जनता के पोषण, शिक्षा, आ स्वास्थ्य सुविधा के गुणवत्ता पर निर्भर होखे के चाहीं खाली आर्थिक विकास पर ना. कहले कि बिहार सरकार राज्य के दू करोड़ सात लाख बच्चा बच्ची के स्वास्थ्य कार्ड बनावे जा रहल बिया आ ओह बच्चा बच्ची के नियमित स्वास्थ्य परीक्षण आ जरुरत पर चिकित्सा सुविधा दिहल जाई. इहो कहले कि अब राज्य के पंचायत शिक्षकनो के सरकार का ओर से पेंशन दिहल जाई.

0 Comments

Recent Posts