53 बरीस बाद एशियाई जूनियर बैडमिंटन चैम्पियनशिप जीतलसि कवनो हिन्दुस्तानी
-

नयी दिल्ली, 22 जुलाई (वार्ता). खेल का दुनिया में एगो इतिहास बनावत छठवां सीड भारत के लक्ष्य सेन आपन शानदार प्रदर्शन करत टॉप सीड थाईलैंड के कुनलावुत वितिदसरन के आजु अतवार का दिने लगातार गेम में 21-19, 21-18 से हरावत इंडोनेशिया के जकार्ता में भइल एशियाई जूनियर बैडमिंटन चैम्पियनशिप में स्वर्ण पदक जीत लिहलें.
ई स्वर्ण पदक जीते के गौरव हिन्दुस्तान के दुबारा मिले में 53 बरीस लाग गइल. लक्ष्य सेन क्वार्टर फाइनल में दुसरका सीड ली शीफेंग के हरवले रहलन आ फाइनल में त माथ वरीयता वाला खिलाड़ी के महज 46 मिनट में हरा दिहलें.
उत्तराखंड के रहे वाला 18 बरीस उमिर के लक्ष्य सेन साल 1965 में ई स्वर्ण पदक जीते वाला गौतम ठक्कर का 53 बरीस बाद ई स्वर्ण पदक जीते वाला पहिलका भारतीय पुरुष खिलाड़ी बन गइलन.
बधाई लक्ष्य !

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts