मेहरी के खीस डेहरी पर

करे केहू भरे केहू का तर्ज पर कांग्रेस अपना सोशल मीडिया ब्रिगेड के मुखिया दिव्या स्पन्दना के टाटा बाय बाय क दिहले लागत बिया.

कन्नड़ फिलिमन के हीरोईन राम्या अपना असली नाम दिव्या स्पन्दना का नाम से सोशल मीडिया में कांग्रेस के बेंवत आ मौजूदगी बढ़ावे ला उतारल गइली त शुरुआत में लागल कि उनुकर मेहनत कामे आवत बा. एहसे पहिले सोशल मीडिया पर कांग्रेस बहुते कमजोर लागत रहुवे बाकिर राम्या के अइला का बाद बहुते तेजी से सेशल मीडिया पर कांग्रेस के मौजूदगी पोढ़ होखत लागल. चाटुकार पत्रकार तब एह बात के जम के हल्ला मचवलें कि अब कांग्रेसो भाजपा से बीस पड़े लागल बिया.

बाकिर विज्ञापन के दुनिया के तीताह साँच इहो ह कि बढ़िया से बढ़िया एड कैमेपेन खराब प्रोडक्ट के जीता ना सके उलुटे कैम्पेन बनावहीं वाला के डूबा दी खरबका प्रोडक्ट. एक त बाँड़ अपने जइहें, नव हाथ के पगहो ले जइहें.

आजु अचके में खबर का दुनिया में हल्ला मटल बा कि राम्या कांग्रेस के राम राम कह दिहली. कुछ लोग के इहो कहना बा कि राम्या ना कांग्रेसे उनुका के हटा दिहलसि काहे कि एने कई महीना से झूठ फोटो आ गलत जानकारी देबे वाला ट्वीट कांग्रेस के बहुते नुकसान चहुँपवलसि पिछला चुनाव में.

अपना गोल के अर्श से फर्श पर ले आवे के काबिलियत राखे वाला राहुल का खिलाफ बोले के कवनो कांग्रेसी मे दम नइखे से खीझ उतारल जा रहल बा प्रचार में लागल लोगन पर. पहिले त टीवी पैनल में शामिल होखे वालन पर चाबुक चलावल गइल आ अब राम्या के विदाई एही कड़ी में माने के चाहीं. हालांकि बतावल जात बा कि दुनु तरफ चुप्पी सधले बा आ ना त कांग्रेस ना राम्या एह बाति पर आपन मुँह खोले के तइयार बाड़ें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।