Category: समाचार

मरद मेहरारू से फरका रहे वाला ससुरालियन पर मुकदमा ना हो सकी

एगो मामिला में दिल्ली उच्च न्यायालय के कहना बा कि मरद मेहरारू से फरका रहेवाला ससुरालियन का खिलाफ औरत मुकदमा ना कर सके. एगो औरत अदालत में मुकदमा करके अपना ससुराल पक्ष से आपन जान के खतरा बतवले रहुवे. शादी का तुरते बाद मरद मेहरारू...

Read More

बलिया के तीन जने के लाश पटना में तालाब में मिलल

शनिचर का भोर में नालंदा मेडिकल कॉलेज का सामने का तालाब से तीन लोग के लाश निकालल गइल. एह तीनो के हाथ गोड़ गमछी से बान्हल रहुवे आ देह पर गोली लागे के निशानो मिलल बतावल जात बा. पोस्टमार्टम का बाद पता चली कि गोली लागल रहे कि चोट के...

Read More

पाँच गो लइकी डूबली सँ

मोतिहारी के बड़हरवा घाट पर अतवार का साँझ एगो नाव पलट गइला से ओह पर सवार पाँच गो लइकियन के डूब मरे के खबर बा. ममरखा पंचायत के बाँध टोला के ई लइकी घास काटे नदी पार गइल रही सं. लवटत में नाव पलट गइल. एह में चार गो लइकियन के लाश बरामद...

Read More

छपरा जिला पर्षद आपन बकाया वसूले खातिर फेंटा कसलसि

छपरा जिला पर्षद के साप्ताहिक बइठक बुध का दिने डीडीसी रमण कुमार के अध्यक्षता में भइल आ फैसला लिहल गइल कि जिला पर्षद के बकाया धन कड़ाई से वसूल कइल जाई आ केहू के कवनो रियायत ना दिहल जाई. सोनपुर डाकबंगला में अनेके अधिकारी बरिसन रहला...

Read More

संघ के पथ संचलन

वर्ष प्रतिपदा का मौका पर काल्हु बलिया में राष्ट्रीय स्वंयसेवक संघ एगो बड़हन पथ प्रदर्शन कइलसि. हिन्दू पद्धति में नया साल के शुरूआत एही दिन से मानल जाला आ एही दिने डा॰ केशव बलिराम हेडगेवार आरएसएस के स्थापना कइले रहुवन. शहर के कई...

Read More

Recent Posts